Bhojpuri: कबो बचपन में संघतिया उड़ावत रहले रेखा के रंग के मजाक

हंसले घरवा बसेला. बचपन में जवना रेखा के रूप के उनकर संघतिया लोग हँसी उड़ावल, बाद में उहे बनली हिन्दी सिनेमा के सुपरहिट हीरोइन. कइसे बनली ई सब त बतइबे करब। पहिले हई एगो संजोग देखीं कि अमिताभ आ रेखा, जेकर प्रेम प्रसंग जग जाहिर बा, के जन्म एही महीना में आ उहो सटले-सटल भइल बा। 11 अक्टूबर के अमिताभ के जन्मदिन ह त 10 अक्टूबर के रेखा के।

रेखा एक जमाना में सभके पसंदीदा हीरोइन रहली. उनके अदाकारी अउरी रूप के सभे दीवाना रहे. आजुओ जब रेखा 67 साल के हो गइल बाड़ी, तबो उनके देखला पर ई ना लागेला कि उनके सुंदरता अउरी अदा में कवनो अंतर आइल बा. लगभग आधा शताब्दी तक खुद के मेंटेन करके रखल दाल-भात के कौर ना होला. रेखा त अभी ले अपना के ओसहीं बना के रखले बाड़ी. कबो उनके टीवी पर रियलटी शो में मुजरा गीतन पर डांस करत देखब, उ अभियों उहे फुर्ती अउरी संजीदगी से भाव-भंगिमा देली कि लोग उनके दीवाना हो जाला. बुझाला उमराव जान के अमीरन सामने आ गइल बाड़ी.
मद्रास (ए बेरा के चेन्नई) में 10 अक्टूबर 1954 के जनमल रेखा बचपने में आपन नाम फिल्म जगत में बना लेहली. रेखा जब 4 साल के रहली त उनके तेलुगु फिलम ‘इंती गुट्टू’ में बाल कलाकार के रूप में रोल मिलल. ओकरा बाद उनके 1966 में 'रंगुला रत्नम' में रोल मिलल. जब रेखा स्कूल में रहली त उ हमेशा कहस कि हम हिरोइन बनेम. रेखा साँवर रहली आ दूबर पातर रहली, एही से उनके दोस्त मजाक उड़ावे कुल ई कहि के कि "तू हीरोइन बनबू आपन मुंह देखले बाडू शीशा में." रेखा के खराब त लागे बाकिर उ समय के जवाब देबे देहली. उनके 1969 में कन्नड फिल्म 'सीआईडी 999' मिलल. एह फिल्म के बाद उनके अगिले साल 1970 में 'सावन भादों' आइल. एह फिल्म के बाद उ चर्चा में आ गइली आ उनके लोग उभरत सितारा कहे लागल. बाकिर प्रेस में अक्सर उनके लुक अउरी वजन के खूब आलोचना होखे अउरी चर्चा रहे. एह आलोचना से सीख लेके उ अपना ऊपर बहुत ध्यान देहली आ कुछ साल में उ एकदम अलग रूप अउरी नया अंदाज में उतरली.
बाकिर एह बीच में उ लगातार फिल्म करत रहली. कई गो फिल्मन में उ साइड रोल में रहली अउरी कुछएक में लीड रोल में. बाकिर 1978 में उनके फिल्म 'घर' में आरती के रोल बहुत चुनौती भरल रहे. एह फिल्म से रेखा के अदाकारी के लोग लोहा मानल आ उनके इंडस्ट्री में नाम बन गइल. फेर ओही साल 'मुकद्दर का सिकंदर' में जोहरा बेगम के रोल कइली. एह दुनू रोल खातिर फिल्मफेयर में उनके नॉमिनेशन मिलल. एकरा बादे रेखा के हीरोइन के रूप में दर्शक स्वीकारे लगलें.
1980 में रेखा के कॉमेडी फिल्म 'खूबसूरत' बहुत हिट भइल आ उनके सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के फिल्मफेयर अवॉर्ड मिलल. एही साल जुदाई फिल्म खातिर नॉमिनेशन भी मिलल. रेखा के 1981 में उमराव जान खातिर राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार मिलल. रेखा लगातार हिट पर हिट फिल्म करत गइली. उ कॉमर्शियल सिनेमा में हिट अभिनेत्री रहली बाकिर पैरेलल सिनेमा में रोल करे लगली जवन एगो बोल्ड निर्णय रहे. जे में कलयुग, विजेता, उत्सव अउरी उमराव जान काफी सफल भी भइल. 1988 में 'खून भरी मांग' में उनके बदला लेबे वाली महिला के रोल रहे. ई फिल्म खातिर उनका फिल्मफेयर अवॉर्ड भी मिलल. एकरा बाद उ ट्रेंड शुरू कइली जे में महिला केंद्रित कहानी होखे आ उ बदला लेव.
रेखा किस सीन करके रोए लगली अपना पहिला फिल्म में
उनके पहिला बॉलीवुड फिल्म ‘अनजाना सफर’ में मुख्य रोल में रहे. जवन 1969 में रिलीज होखे के रहे बाकिर सेंसर में अटक गइल अउरी दो शिकारी नाम से 1979 में रिलीज भइल. एह फिल्म में रेखा मात्र 15 बरिस के रहली. एगो सीन में उनके सह-कलाकार बिस्‍वजीत रेखा के जबरदस्ती लगभग 5 मिनट ले किस करत रहि गइलें. रेखा एह अचानक भइल घटना से हिल गइली आ सेट पर रोए लगली.
अमिताभ के साथे जोड़ी हिट भइल अउरी विवाद भी खूब भइल
अमिताभ बच्चन अउरी रेखा जब पहिला बार 1976 में 'दो अनजाने' फिल्म में साथे लउकल लोग त दर्शक के ई जोड़ी खूब पसंद आइल. ओकरा बाद दुनू जाना के जोड़ी कई गो फिल्म जइसे आलाप (1977), खून पसीना (1977), गंगा की सौगंध (1978), मुकद्दर का सिकंदर (1978), मिस्टर नटवरलाल (1979), सुहाग (1979), राम बलराम (1980) आदि फिल्मन में साथे लउकल लोग. एह बीच में अमिताभ अउरी रेखा के बीच नजदीकी के भी चर्चा होखे लागल रहे. फिल्म मैगजीन अउरी अखबार के गॉसिप कॉलम में दुनू जाना के बीच अफेयर के बारे में खूब छपे. एने अमिताभ अउरी उनके पत्नी आ प्रसिद्ध हीरोइन जया बच्चन के बीच अनबन होखे के भी खबर आवे लागल रहे.
फेर साल 1981 में यश चोपड़ा तीनू प्राणी अमिताभ, जया आ रेखा के लेके फिल्म बनवलें, सिलसिला. ई फिल्म के जब मेकिंग होत रहे तब खूब चर्चा भइल. एह फिल्म के कहानी अइसन रहे जे में अमिताभ दू गो महिला जया के किरदार शोभा अउरी रेखा के किरदार चाँदनी के बीच द्वन्द्व में फँसल बाड़ें. हालांकि अंत में उनके किरदार अपना पत्नी शोभा के साथे चल जात बा बाकिर पूरा फिल्म उ चाँदनी से ही लगाव राखत बा. अइसन कुछ कहानी तीनू कलाकार के भी रहे. एही बात पर यश चोपड़ा 'बीबीसी' के एगो इंटरव्यू में कहले रहलें कि उ फिल्म सिलसिला के टाइम डेराइल रहलें, काहें कि ओ लोग के रीयल लाइफ रील लाइफ में आवे वाला रहे. फिल्म में जया उनके मेहरारू अउरी रेखा उनके प्रेमिका बाड़ी. अइसने कुछ वो लोग के असल जिंदगी में भी चल रहल बा. फिल्म के दौरान कुछ भी हो सकेला.' ई फिल्म त हालांकि हिट ना भइल बाकिर एके दर्शक पसंद खूबे कइल.
रेखा ओकरा बाद अमिताभ के साथ कबो काम ना कइली. हालांकि रेखा बाद में कईगो सफल फिल्म देहली आ समानांतर सिनेमा में भी काम करत रहली. उनके 2014 में महत्वपूर्ण भूमिका में फिल्म सुपर नानी आइल. ओकरा बाद उ एक दू गो फिल्म में कैमियो कइले बाड़ी.
( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं )

अन्य समाचार